सीवान में गजब कारनामा: नेताजी के जीते जी फोटो पर माला, जन्मदिन बनल 'श्रद्धांजलि दिवस'!
अब देखी न, 11 जून के दिन लालू प्रसाद यादव जी के 78वां जन्मदिन बड़ा धूमधाम से मनावल गइल। पार्टी के लोगन के जोश देख के लागल कि मानो लालू जी अबहिए मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहले होखें।
लेकिन... सीवान में कुछ अउरीये हो गइल!
राजद के पूर्व विधानसभा अध्यक्ष अवध बिहारी चौधरी जी अपने आवास पर नेता जी के जन्मदिन मनवले। केक कटा गइल, नारे लगावल गइल – बाकिर फिर ओहिजा जो भइल, उ देख के सब लोग के आंख फट गइल।
नेताजी के फोटो पर माला चढ़ा दिहल गइल!
हाँ भाई! जीते जी फोटो पर माला! अब आम आदमी के समझ में ना आवे कि ई जन्मदिन के जश्न बा कि श्रद्धांजलि सभा?
पहिले त खुद विधायक जी माला चढ़वले, फेर कार्यकर्ता लोग भी पीछे ना रहले – लाइन लगा के फोटो पर खूब फुल माला चढल।
अब जनता सोच में पड़ गइल – "का नेताजी...? गइनीं का?"
चर्चा के बाद सफाई में विधायक जी बोलले:
"लालू जी हमार नेता ना, भगवान हउअन। हम त पूजा कइनी ह, माला चढ़ा के श्रद्धा जतइनी ह। विपक्ष त घबरा गइल बा, उ~त बकवास करत बा।"
अब हम त इहे कहब – माला पूजा में चढ़े कि श्रद्धांजलि में, एक बेर नेताजी से पूछ लीं। कहीं ऊ खुद ई फोटो देख के चौंक ना जासं!
ए घटना से बिहार के राजनीति में बहस के बवंडर उठ गइल बा। विपक्ष के त जैसे संजीवनी मिल गइल – अब त सब "माला राजनीति" के मुद्दा बना के गरज रहल बा।
ए कुल्हि बात में एगो बात त तय बा –
बिहार में राजनीति ना, ‘मसाला फिल्म’ बन गइल बा!
Comments
Post a Comment